I Bahangi Chhath Mai Ke Jai
नारियलवा जे फरेला खबदसे
ओही पर सुगा मेड़राए
(ओही पर सुगा मेड़राए)
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदितसे
सुगा दिहली जुठियाय
(सुगा दिहली जुठियाय)

ऊ जे मारबो रे सुगवा धनुखसे
सुगा गिरे मुरझाए
(सुगा गिरे मुरझाए)

ऊ जे केरवा जे फरेला खबदसे
ओह पर सुगा मेड़राए
(ओह पर सुगा मेड़राए)
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदितसे
सुगा दिहली जुठियाय
(सुगा दिहली जुठियाय)

ऊ जे मारबो रे सुगवा धनुखसे
सुगा गिरे मुरझाए
(सुगा गिरे मुरझाए)

अमरुदवा जे फरेला खबदसे
ओह पर सुगा मेड़राए
(ओह पर सुगा मेड़राए)
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदितसे
सुगा दिहली जुठियाय
(सुगा दिहली जुठियाय)

ऊ जे मारबो रे सुगवा धनुखसे
सुगा गिरे मुरझाए
(सुगा गिरे मुरझाए)

ऊ जेसेववा जे फरेला खबदसे
(ओह पर सुगा मेड़राए)
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदितसे
सुगा दिहली जुठियाय
(सुगा दिहली जुठियाय)

ऊ जे मारबो रे सुगवा धनुखसे
सुगा गिरे मुरझाए
(सुगा गिरे मुरझाए)

सभे फलवा जे फरेलन खबदसे
(ओह पर सुगा मेड़राए)
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदितसे
सुगा दिहली जुठियाय
(सुगा दिहली जुठियाय)

ऊ जे मारबो रे सुगवा धनुखसे
सुगा गिरे मुरझाए
(सुगा गिरे मुरझाए)

ऊ जे सुगनी जे रोवेली वियोगसे
आदित होई ना सहाय
(आदित होई ना सहाय)
आदित होई ना सहाय
देव होई ना सहाय
(आदित होई ना सहाय
देव होई ना सहाय)

नारियर जे फरेला खबदसे
ओह पर सुगा मेड़राए
ओह पर सुगा मेड़राए
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदितसे
सुगा दिहली जुठियाय
सुगा दिहली जुठियाय

Recently Listened by

0 comments
    No comments found

:: / ::
::
/ ::

Queue